Friday, September 27, 2024
Homeराजनीतितीरथ सिंह रावत होइहन उत्तराखंड के मुख्यमंत्री, शाम चार बजे शपथ ग्रहण...

तीरथ सिंह रावत होइहन उत्तराखंड के मुख्यमंत्री, शाम चार बजे शपथ ग्रहण समारोह

भाजपा के विधानमंडल दल के बैठक बुधवार के प्रदेश पार्टी कार्यालय में भइल। बैठक में उत्तराखंड के मुख्यमंत्री पद के नया चेहरे के नाम तय भइल। तीरथ सिंह रावत उत्तराखंड के नया मुख्यमंत्री बनिहन। तीरथ सिंह रावत गढ़वाल के सांसद बाने । पूर्व मुख्यमंत्री त्रिवेंद्र सिंह रावत इनकर नाम प्रस्तावित कइलन।

राजभवन में शपथ लीहन नए मुख्यमंत्री व मंत्री
उत्तराखंड के नया मुख्यमंत्री तीरथ सिंह रावत और कुछ मंत्री आज शाम क चार बजे राजभवन में शपथ लिहें .

के हवे तीतर सिंह
-तीरथ सिंह रावत भारतीय जनता पार्टी से संबंधित बाने ।
-2000 में उत्तराखण्ड के प्रथम शिक्षा मंत्री रहले।
-2007 में उत्तराखण्ड के प्रदेश महामंत्री भी रहले।

  • उत्तराखंड भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष भी रहल बाने । आज शाम चार बजे शपथ ग्रहण समारोह होखे के संभावना बा.
  • विधानमंडल दल की बैठक अभी जारी बा। कुछ ही देर में नए मुख्यमंत्री के नाम की घोषणा हो जाई। 

रमेश पोखरियाल निशंक भी प्रदेश भाजपा कार्यालय पहुंचले
बैठक में शामिल होखे के खातिर केंद्रीय मंत्री और उत्तराखंड के पूर्व मुख्यमंत्री रमेश पोखरियाल निशंक भी प्रदेश भाजपा कार्यालय पहुंचल बाने . भाजपा प्रदेश कार्यालय के बाहर कार्यकर्ताओं की भीड़ लागल बा।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments