Friday, September 27, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणआतंकी साजिश नाकाम: जम्मू-कश्मीर के अनंतनाग में सुरक्षा बलों और आतंकियों के...

आतंकी साजिश नाकाम: जम्मू-कश्मीर के अनंतनाग में सुरक्षा बलों और आतंकियों के बीच मुठभेड़; दो आतंकी ढेर

जम्मू-कश्मीर के अनंतनाग में सुरक्षा बल के जवान आतंकी साजिश के नाकाम कर दिहलें। अनंतनाग में भईल एनकाउंटर में अब तक दो आतंकियों के मारे जाए के खबर बा। आतंकियन के पहचान आदिल अहमद भट्‌ट और जहीर आमीन राथर के रूप में भईल बा। पुलिस के मुताबिक, इलाके के घेराबंदी कर सर्च ऑपरेशन चलावल जा रहल बा।

IG कश्मीर विजय कुमार बतईलन कि बुधवार के दोपहर में अनंतनाग के SSP के खबर मिलल कि एक गांव में जैश-ए मोहम्मद के 2 आतंकवादी छिपल बाने। प्रारंभिक जांच में इनके स्थानीय आतंकवादी होने के बात सामने आईल बा। आतंकवादियन के खिलाफ एंटी टेररिस्ट ऑपरेशन बढ़ा देबल गईल बा।

24 फरवरी के 4 आतंकी मारल गईल रहलें

बाता देहीं की 24 फरवरी के अनंतनाग में ही आतंकिय और सुरक्षाबल के जवान के बीच एनकाउंटर में चार आतंकी मारल गयाल रागालें। आतंकियन के छिपे होने के सूचना पर सेना सर्च ऑपरेशन चलईले रहे। जेकरे बाद आतंकि फायरिंग शुरू कर देहलें। जवाबी कार्रवाई में 4 आतंकी मारल गईलें।

18 फरवरी के भी 3 आतंकी मारल गयल रहलें

18 फरवरी के रात से 19 फरवरी के सुबह तक शोपियां में चलल एनकाउंटर में तीन आतंकी मारे गयल रहलें। शोपियां में मारल तीनों आतंकी लश्कर-ए-तैयबा के लोकल आउटफिट अल बद्र से जुड़ल रहलें।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments