आज दोपहर योगी आदित्यनाथ अपने कई मंत्रियन के संग लगइने संगम तट पर डुबकी। कुम्भ स्नान के अवसर पर आज केबिनट क बैठक प्रयागराज में रखल गइल रहल ओकरे बाद मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अपने दल बल के साथ संगम तट पर पहुच गइने स्नान करे .
उनके साथ डिप्टी सीएम केशव प्रसाद मौर्य ,विधि एवं न्याय मंत्री बृजेश पाठक,दूसरे डिप्टी सीएम दिनेश शर्मा और मंत्री सूर्य प्रताप शाही, नंद गोपाल गुप्ता नंदी भी पहुचले स्नान करे .
सतीश महाना, महेंद्र सिंह भी अलग स्नान कइने । स्नान के बाद आरती शुरू होवे पर डिप्टी सीएम केशव मौर्य पहुंचलें और आरती में भी शामिल भइलें