Friday, September 27, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणजानवर खातिर चारा लावे गइल तीन बहिंनिन में दू के संदिग्ध मौत,...

जानवर खातिर चारा लावे गइल तीन बहिंनिन में दू के संदिग्ध मौत, तीसरी के हालत नाज़ुक

न्यूज़ डेस्क : लखनऊ (रोहित बाजपेई )

उत्तर प्रदेश के उन्नाव  जिला में तीन नाबालिग लड़कियां जंगल में जानवर के चारा लेवे गइल रहनी लेकिन बाद में खोजे पे उहां दू गो मरल मिललीं जबकि एक बेहोश मिलल . परिजनों के कहना बा कि तीनों लड़कियां आपस में बंधल रहलीं . इ घटना उन्नाव के बबरुहा गांव के बा . बुधवार के दोपहर बाद करीब 3 बजे तीनों लड़कियां रोज़ के तरह गाँव के जंगल की तरफ जानवरन खातिर चारा लेवे निकललीं लेकिन देर शाम तक वापस ना अइली . तीनो आपस में चचेरी बहिन बानी .

बच्चियन के घर वाला से बात करे पे पता चलल की जब बहुत देर हो गइल और लड़कियां ना वापस अइली सन त घर वाला खोजे खातिर निकलल उन लोगिन के तीनों लइकी बेसुध एगो खेत में आपस में बंधल मिलली .

बच्चियन के फौरन गाँव के हस्पताल ले जाइल गइल, जहां डॉक्टर बतइने कि दू लड़कियन के मौत हो चुकल बा , जबकि तीसरी ज़िंदा रहल लेकिन ओकर हालत गंभीर होवे की वजह से ओके कानपुर रेफर करल गइल .

घटना के बाद पूरे गांव में कोहराम मच गइल बा . दोनों लड़कियन के शव पोस्टमॉर्टेम खातिर भेज दिहल गइल बा. उन्नाव एसपी आनंद कुलकर्णी फौरन गांव पहुंचकर मौका मुआयना कइने.  उ बतइने कि मौके पर काफी झाग मिलल रहल जेसे लागता बा कि उनकर मौत ज़हर की वजह से भइल बा , लेकिन पोस्टमॉर्टेम के बाद ही मौत के असली वजह पता चली .रात में ही लखनऊ से एडीजी लखनऊ जोन एस एन साबत और आईजी जोन लक्ष्मी सिंह उन्नाव पहुंच गइली .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments