Tuesday, September 24, 2024
Homeअन्यबुर्का पहीन के कॉलेज आईंल लड़कियन के प्रिंसिपल डंडा दिखाके भगौलेँ

बुर्का पहीन के कॉलेज आईंल लड़कियन के प्रिंसिपल डंडा दिखाके भगौलेँ

कॉलेज में लड़कियन के ड्रेस कोड के लेके झगड़ा बहुते पुरान हवे। अक्सर उनसे कॉलेज के ड्रेस के लेके बवाल मचल रहला , लेकिन यूपी के फिरोज़ाबाद में एगो सबसे नया घटना देखे के मिल रहल बा वहां एसआरके डिग्री कॉलेज में बुर्क़े पर पाबंदी लगा दिहले। कॉलेज के एगो वीडियो सामने आयिल बा जेहमे प्रिंसिपल छड़ी लेके बुर्क़े में आईल छात्रा के कॉलेज से भगावत नज़र आ रहल बाने एह छात्रन के कहनाम बा कि उ लोग बस स्टॉप पर बुर्क़ा उतार के कॉलेज में प्रवेश करे। काहे से कि
कॉलेज में बुर्का पहिंन के अईला से गलत सन्देश जाई अउर सम्प्रदियिक हिंसा के बढ़ावा मिल सकला।

बुर्का पहिनल कउनो कॉलेज के ड्रेस कोड के खिलाफ हो सकला एके औरत के आजादी के भी खिलाफ मानल जा सकला एके पिछड़ेपन के निशानी भी कहल जा सकला पर इ देश के कउनो कानून के खिलाफ नाही हवे। फिलहाल इ चौंकावे वाला खबर हवे कि कॉलेज के प्रिसिंपल छड़ी लेके बुर्का पहने वाली लड़कियन के दुत्कार के भगा रहल हवे।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments