Wednesday, September 25, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणसर्दी दिल्ली में तोड़ले 119 वर्ष के रिकार्ड , सर्दी से गईल...

सर्दी दिल्ली में तोड़ले 119 वर्ष के रिकार्ड , सर्दी से गईल 80 लोगन के जान

राष्ट्रीय राजधानी क्षेत्र में शायद ही केहू सोमवार के जइसन ठिठुरन अपने जीवन में देखले होइ। पखवाड़े भर से कंपकंपा देवे वाली ठंड 119 साल पुराना रिकॉर्ड तोड़ दिहले बा। सोमवार के दिन ही नहीं, बल्कि पूरा दिसंबर 1901 के बाद सबसे ठंडा महीना रहे । अधिकतम तापमान सामान्य से 11 डिग्री नीचे गिरकर 9.4 डिग्री सेल्सियस पर आ गईल । 1901 से अब तक के मौसम विभाग के पास जउन आंकड़ा मौजूद रहे ओहमे दिल्ली में अधिकतम तापमान एतना नीचे कभी भी ना पहुँचल। ऐसे पहले अधिकतम तापमान 11.3 डिग्री दिसंबर 1997 में दर्ज कईल गईल।

रविवार रात से ही दिल्ली में कोहरा के मोटी परत दिखे लागल । दिन में भी कोहरा एवं प्रदूषण के मिश्रण से घना स्मॉग छायील रहे । ऐसे पूरे दिन जबरदस्त ठंड बनल रहे। ठंड के कारण लोग घर से बाहर निकलले से परहेज कईले। न्यूनतम तापमान सामान्य से चार डिग्री कम 2.6 डिग्री रहल । उप्र के कई जिलन में पारा जमाव बिंदु के करीब पहुंच गईल रहे । जयपुर में 55 साल बाद पारा एक डिग्री पहुंच गईल रहे। दिल्ली एनसीआर में अब तक 24 घंटे में 80 लोगन के जान जा चुकल बाने।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments