गोरखनाथ मंदिर पर हमला करे वाला मुर्तजा अब्बासी के कुंडली के पता लगावे के खातिर यूपी एटीएस की एक टीम मुंबई भी पहुंचल। मुर्तजा मुंबई में रहकर आईआईटी मुंबई से केमिकल इंजीनियरिंग कईलस। ओकर परिवार भी नवी मुंबई में रहत रहे। यूपी एटीएस महाराष्ट्र एटीएस के साथ मिलकर मुंबई में पड़ताल कईले बा। सोमवार के टीम नवी मुंबई के उ इलाका में पहुंचल जहां मुर्तजा अपन परिवार के साथ रहत रहे। अभी ई साफ नइखे कि एटीएस के यहां से कौनो प्रकार के साक्ष्य मिलल बा।
बतावल जा रहल बा कि मुर्तजा के मुंबई कनेक्शन सामने आवे और यूपी एटीएस के पहुंचे के बाद से महाराष्ट्र एटीएस भी अलर्ट बा। ई पता लगावे के कोशिश कईल जा रहल बा , कि मुंबई में मुर्तजा के किन लोगन से संपर्क बा, ओकर गतिविधियां किस तरह के रहल । यूपी एटीएस ने नवी मुंबई में सोमवार के कई अईसन लोगन से पूछताछ की जे मुर्तजा के घर के आसपास रहत रहे, और ओके जानत रहे। बतावल जा रहल बा कि यूपी एटीएस के टीम आज अब तक मिले साक्ष्यों के लेकर वापस आ जाई और बाकी के काम महाराष्ट्र एटीएस को सौंप दीहल गईल बा।