Tuesday, September 24, 2024
Homeटॉप स्टोरीयूपी में राशन के दुकान पर हेल्थ कार्ड भी मिली, 5 लाख...

यूपी में राशन के दुकान पर हेल्थ कार्ड भी मिली, 5 लाख रुपए तक के मुफ्त इलाज; 40 लाख परिवारों के फायदा

उत्‍तर प्रदेश के राशन के दुकान पर अब गरीबों के हेल्थ कार्ड भी बनी। यह सुविधा प्रदेश के 40 लाख से अधिक अंत्योदय कार्ड धारकों को मिली। उन्हें मुख्यमंत्री जन आरोग्य योजना के लाभ देवे के लिए स्टेट एजेंसी कांप्रिहेंसिव हेल्थ एंड इंटीग्रेटेड सर्विसेज (सांचीज) द्वारा इसी माह विशेष अभियान शुरू करे के तैयारी कर लिहल गईल बा। हर राशन के दुकान पर कियोस्क लगाकर अंत्योदय कार्डधारकों के मुख्यमंत्री जन आरोग्य योजना के तहत पंजीकृत कईल जाई।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सरकार अपने पिछले कार्यकाल में राज्य के सभी अंत्योदय कार्डधारकों के मुख्यमंत्री जन आरोग्य योजना के लाभ देवे के फैसला कईले रहे। 22 जुलाई 2021 के इ संबंध में कैबिनेट से प्रस्ताव स्वीकृत भईल रहे। योजना के तहत सभी अंत्योदय कार्ड धारकों के पांच लाख तक मुफ्त इलाज के सुविधा मिल सकेला। राज्य सरकार के प्राथमिकता में होखे के कारण अब इ काम के तेजी से निपटावे के फैसला कतील गईल बा। एह खातिर सभी राशन के दुकान पर कियोस्क लगाकर गरीबों के कार्ड बनवला के विशेष अभियान चलावे के निर्णय लिहल गईल बा । इ अभियान एही महीने के अंतिम सप्ताह में शुरू होई।

मोदी सरकार ने प्रधानमंत्री आयुष्मान योजना के तहत गरीब के लोगोंन के पांच लाख तक मुफ्त इलाज के सुविधा दिहले रहे। प्रदेश में 1 करोड़ 18 लाख लोगन आयुष्मान योजना में सुरक्षा कवर प्राप्त कर चुकल बाड़े। बाकी बचे लोगन के खातिर योगी सरकार द्वारा अपन स्तर से मुख्यमंत्री जन आरोग्य योजना शुरू कईल गईल रहे।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments